Last modified on 27 मार्च 2020, at 15:06

गऊवा के पीपर बुलावे / सुभाष चंद "रसिया"

तोहरा के गऊवा के पीपर बुलावे।
आजा-आजा बलम जी परदेसिया॥

तोहरा के हमरा अचरवा बुलावे।
पेड़वा से कोयलिया गीतिया सुनावे॥
नीले अम्बर में लाहरेले केसिया॥
आजा-आजा बलम जी परदेसिया॥

सावन के झूला ना हमसे सहाला।
रउरा सजन जी कुछ ना बुझाला।
चिट्ठी भेजतानी हम अन्तर्देशिया॥
आजा-अजा बलम जी परदेसिया॥

तीज त्यौहार छठ कईसे मनाई।
अपनी सजनवा के कैसे भुलाई।
काहे हमके सतावेल रंग रसिया॥
आजा-आजा बलम जी परदेसिया॥