Last modified on 29 सितम्बर 2013, at 17:11

नया दिन आवत बा / रामदेव द्विवेदी ‘अलमस्त’

Mani Gupta (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 17:11, 29 सितम्बर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=रामदेव द्विवेदी ‘अलमस्त’ |अनुवा...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

नया दिन आवत बा
देख दुनिया बदलत जाता
नया दिन आवत बा।।
निसिभेद रात गइल
फरिछ बिहान भइल
हँसत किरिनियाँ भोरे
सोनवाँ लुटावत बा।।
नया दिन.....
जाग जाई लोग सब
जाग जाई सोग सब
आई कहिया जोग ऊहो
काग उचरावत बा।।
नया दिन.....
कइसन-कइसन बाबू लोग
त्यागि राज-सुख-भोग
नेता जी कहावे खातिर
टोकरी उठावत बा।।
नया दिन.....
मलहा के छौंड़ा अबके
बोलत नइखे तनिको दबके
उड़त चिल्ह-गड़िया पर
कनखी चलावत बा।।
नया दिन.....
पहिला रवैया-काज
छोड़ ‘अलमस्त’ आज
गाव गीत जइसन युग
बँसिया बजावत बा।।
नया दिन.....