भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

अन्हर लट्ठ / कुंज बिहारी 'कुंजन'

Kavita Kosh से
Lalit Kumar (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 08:39, 25 अगस्त 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=कुंज बिहारी 'कुंजन' |अनुवादक= |संग्...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

अपना आगे सभे लगावे अन्हका के बैमान॥
अपना जाने सभे दूध के धोवल वा पुरधान॥
जेही के देखी से बस, अन्हके के गरियाबत बा।
अन्हके गलती लउकत बाट भाषाण उडि़यावत बा॥
तब के लेता घूस, देत बा के सै सै के नोट ?
दूनो धर्मराज में के बड़ बादे के बा छोट ?
के धरात बा डब्लू टी में, डाका राहजनी में ?
कवना आसमान के अदमी अतरल बा हमनी में ?
कोट कचहरी में लागल बा हइ भेंडि़या धसान,
का ईमानदारी के बाटे, हइहे कुल्ह पहचान ?
धन बा करिया धंधा के, बा टेरीकाट के ठाट,
कविता लेकिन मार्क सिस्ट बा अजब विखैला काट॥
ऊ भाषण करिहे, शोषण पर जइसे बिखधर छुरी।
बाकी बे झगरा के, ना रेक्सो के देस मजूरी॥
के नइखे शासन के ऊपर पीटत टीन कनस्टर ?
के नइखे चाहत कि हमरो छवड़ा बनो मनिस्टर ?
जे गरियावत बा अफसर के, मुँह में ला ला चोंगा
सेहू तिकड़म चलले बा, कि कहिया बनीं दरोगा॥
नोचा नोची टांग बझउअल, कुरसी अस कुकुहार।
ई कुल्ह से खाली नइखे सुरसतियो के दरबार
कुजन बस कबिते में बोल लन हिरदय के बात
ना त दाव पेंच में इन्हिको कम नखहिन औकात॥