भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

"अबो खिलला के पहिले फूल सब मुरझा रहल बाटे / सूर्यदेव पाठक 'पराग'" के अवतरणों में अंतर

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज
('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=सूर्यदेव पाठक 'पराग' |संग्रह= }} {{KKCatBho...' के साथ नया पृष्ठ बनाया)
 
 
पंक्ति 2: पंक्ति 2:
 
{{KKRachna
 
{{KKRachna
 
|रचनाकार=सूर्यदेव पाठक 'पराग'
 
|रचनाकार=सूर्यदेव पाठक 'पराग'
|संग्रह=
+
|संग्रह=भँवर में नाव / सूर्यदेव पाठक 'पराग'
 
}}
 
}}
 
{{KKCatBhojpuriRachna}}
 
{{KKCatBhojpuriRachna}}

13:42, 30 मार्च 2015 के समय का अवतरण

अबो खिलला के पहिले फूल सब मुरझा रहल बाटे
बिना पतवार के नइया अथाहे जा रहल बाटे

बुताइल आजतक ना पेट में लागल जवन अगिया
तबो कुछ लोग जुलुमी जोर से लहका रहल बाटे

झरे ना लोर अँखियन से, ना अइसन रात-दिन कवनो
रोआई देख के कुछ लोग हँस-मुसुका रहल बाटे

कमाई आज तक कइलीं खटाई देह बन सूखल
उपासल हम रहीले केहू बइठल खा रहल बाटे

उमर पचपन के लगभग हो गइल आजाद भारत के
खुलल आकाश में जिनगी गँवावल जा रहल बाटे

भले दुनिया के नजरी में बहुत ऊँचा चढ़त जाईं
अबो शैतान से इन्सान बच ना पा रहल बाटे

इहाँ मौसम बदल जाला तबो हालात ना बदले
भले गरजत बा बादल, जल कहाँ बरसा रहल बाटे

बिना तेले के बाती जर रहल कबसे बा दीआ के
केहू के हाथ झटका से बुतावे जा रहल बाटे