Last modified on 24 जुलाई 2020, at 16:24

आजकल त ज़माना बा राउर / आसिफ रोहतासवी

Jalaj Mishra (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 16:24, 24 जुलाई 2020 का अवतरण

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

आजकल त ज़माना बा राउर
गाँव संउसे दीवाना बा राउर

खेत-खरिहान खोरी बगइचा
अब त सगरे सिवाना बा राउर

बेवफाई प नइखी चीहाईल
ई त आदत पुराना बा राउर

आँख काजर करे में खोदाइल
ई त रोवल बहाना बा राउर

पल में ' आसिफ' के फांसी झूला दीं
कोट-इजलास, थाना बा राउर