Last modified on 28 सितम्बर 2013, at 23:04

आजि काल्हि गइया के दसवा के देखि-देखि / दूधनाथ उपाध्याय

आजि काल्हि गइया के दसवा के देखि-देखि
हाइ हाइ हाइ रे फाटति बाटे छतिया।

डकरि-डकरि डकरति बाटे राति दिन
जीभिया निकालि के बोलति बाटे बतिया।

ताहू पर हाइ निरदइया हतत बाटे
गइया का लोहू से रंगत बा धरतिया।

अगवाँ के दुख-दुरदसवा के सोचि-सोचि
कोटि जुगा नियर बीतति बाटे रतिया।।