भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

आज के बाजार में हर चीज बाजारू भइल बा / सूर्यदेव पाठक 'पराग'

Kavita Kosh से
सशुल्क योगदानकर्ता ३ (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 13:40, 30 मार्च 2015 का अवतरण

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

आज के बाजार में हर चीज बाजारू भइल बा
माल गाँठिन में अगर बा मोल लेलीं जवन दिल बा

आबरू-ईमान सब धनवान के जागीर बाटे
के करत बा याद हमरा हाथ जे नेकी कइल बा

हो रहल धूमिल इहाँ विश्‍वास के ललकी किरिनियाँ
बा लगत इन्सान का भीतर के सूरूज ढल गइल बा

हो सकी पहचान कइसे देख ऊपर के सफाई
जान पावल बा कठिन, के साफ कतना भा मइल बा

नौजवानन में बढ़ल जाता निराशा के कुहासा
जल रहल रेती, पियासल बा हिरन ना प्राप्त जल बा