Last modified on 6 सितम्बर 2013, at 16:31

कइसे बताईं बेबसी अँखियन का लोर के / वैदेहीशरण 'बनियापुरी'

कइसे बताईं बेबसी अँखियन का लोर के,
के ले गइल करेज के कनखा खँखोर के।

कतना बनल आकाश में आशा के ताजमहल,
अब बुझ गइल चिराग सब सोहिला सहोर के,

पपनी के पीर बढ़ गइल प्रीतम का गाँव में,
देखल गुनाह हो गइल बेबस चकोर के।

कश्ती डूबल सनेह के संदेह झील में,
सपना सहेजल झूठ बा सावन का भोर के।

जिनगी जवान नाहके जंजाल में फँसल,
अब कब तलक बइठल रहब रहिया अगोर के।

बेसब्र दिल के इम्तहाँ कतना कोई करी,
तोहफा में दर्द बा मिल आँसू चभोर के।