Last modified on 31 जनवरी 2014, at 10:57

कवच / लक्ष्मीकान्त मुकुल

Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 10:57, 31 जनवरी 2014 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=लक्ष्मीकान्त मुकुल |अनुवादक= |संग...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

गोजी भाँजल उनुकर खेल रहे
अनमनाह दिनन के सांझ में लौट के
आवां में पाकत बरतन
दुबकल रहसन आके नींनि का गोदी में

बगुलन के तिरछा पाँति
फँसत जात रहे अलोते मिटिकत
दरियाव का पास के झलांसन के बीच

गरूअन के खुरन के उठत धूल के बवंडर
कनपट्टियन में छेदत रहे आकाष
खरवरिया में नाचत बतास
सिटी बजावत फिरत रहे
बाँस के पतई से खेलत खानी

बिरहा अलापत हरवाहा
झबांन हो जा रहे पपड़ी परल खेतन के देखि
पुरबइया के झकोरा बहते
पसीजे लागत रहे गमछी से पसीना के गंध

चलल जात रहे चरवाहन के झुंड
चिरई के नाँव वाला गाँव का राह में
सुनसान परल रहे ऊ गाँव
अल्हारी का कवच में हरदमें लपटाइल