भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

का होई जो अँखियन के ई भेद खुलल त / रामरक्षा मिश्र विमल

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

का होई जो अँखियन के ई भेद खुलल त
कुछुओ ना बाँची सागर के जल खउलल त

कइसे बतलाईं तोहरा से प्यार करींले
डर लागेला तहरा कतहीं खार लगल त

जी भर के रो लींले घर के अँतरा में हम
जब जब नेह समंदर आँतर में फफकल त

का जाने कहियो पढ़वा पाइबि कि नाहीं
पाती खोलत जो फिर से नैना छलकल त

कइसन हऽ ई प्यार उमर के ध्यान रहे ना
ए रिश्ता पर दुनिया के पाथर बरसल त