भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

केतना कदम के डार हम रहनी अगोर के / अर्जुन कुमार सिंह 'अशांत'

Kavita Kosh से
Mani Gupta (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 15:01, 30 सितम्बर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=अर्जुन कुमार सिंह 'अशांत' |अनुवाद...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

केतना कदम के डार हम रहनी अगोर के
तबहूँ तोहार बाँसुरी बाजल न भोर के

कब तक घिरल अन्हार में कलपत रही करेज
कब तक सनेह के किरिन उतरी अंजोर के ?

जब तक तोहार प्रान में नइखे दरद के मोल
हम का करब ई आँखि में मोती बटोर के ?

खोंता हमार प्यार के दिहल सदा उजाड़
दिहल ढकेल पांक में बहियाँ ममोर के

अइसे तोहार चाल ई बाटे बहुत पुरान
जाल छटक करेज के कनखा खंखोर के

तबहूँ दिया उमेद के बाटे जरत ‘अशान्त’
कबहूँ त पंख प्रान ई थिरकी नू भोर के