भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

के के देखाईं चुनरिया / जयशंकर प्रसाद द्विवेदी

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

अँगना छिंटाइल अंजोरिया हो रामा
 मन मधुवाइल।

अमवा के मोजरी से कोइलर के बोलिया
चढ़त चइतवा में ताना देव छलिया

सम्हरे न आपन नजरिया हो रामा
 मन मधुवाइल।

मनवा रंगल बाटे संइयाँ के रंग में
उठेला सिरहिरी मोरा अंग-अंग में

कइसे सजायीं सेजरिया हो रामा
 मन मधुवाइल।
मधुर पवन अब मधुमय भइलें
भँवरा सजन मोर कतों न देखइलें

केके देखाई चुनरिया हो रामा
 मन मधुवाइल।