भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

"के मारल हमरा गांधी के गोली हो / रसूल" के अवतरणों में अंतर

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज
(नया पृष्ठ: {{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=रसूल |संग्रह= }} {{KKCatKavita‎}} Category:भोजपुरी भाषा <poem> के मा…)
(कोई अंतर नहीं)

18:08, 1 फ़रवरी 2011 का अवतरण

के मारल हमरा गांधी के गोली हो, धमाधम तीन गो ।

कल्हीये आजादी मिलल, आज चलल गोली ,
गांधी बाबा मारल गइले देहली के गली हो, धमाधम तीन गो ।

पूजा में जात रहले बिरला भवन में,
दुशमनवा बैइठल रहल पाप लिये मन में,
गोलिया चला के बनल बली हो, धमाधम तीन गो ।

कहत रसूल, सूल सबका के दे के,
कहां गइले मोर अनार के कली हो, धमाधम तीन गो ।

के मारल हमरा गांधी के गोली हो, धमाधम तीन गो ।