Last modified on 26 दिसम्बर 2019, at 22:08

गेठरिया / आर० इशरी 'अरशद'

वांथल गेठरिया राखल हो
पिया चलनी के बेला
सगरा से बदरा उठल हो
पिया चलनी के बेला
रिम-झिम बरखा बरसल हो
पिया चलनी के बेला
गंगा मइया अंचुरा पसारल हो
पिया चलनी के बेला
ओही गंगा सागर समाइल हो
पिया चलनी के बेला