Last modified on 24 अगस्त 2013, at 18:14

चल सखी ! चल धोए मनवा के मइली / लछिमी सखी

 चल सखी ! चल धोए मनवा के मइली।
कथी के देहिया, कथी के घइली। कवने घाट पर सउनन भइली।।
चित्रकार रेहिया, सुरतकर घइली। त्रिकुट घाट पर सउनन भइली।।
ग्यान के सबद से काया धोअल गइली। सहजे कपड़ा सफेद हो गइली।।
कपड़ा पहिरि लछिमी सखी आनंद भइली। धोबी घरे भेज देहली नेवत कसइली।।