भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

"चाँदनी के जोत चारो ओर बा / सूर्यदेव पाठक 'पराग'" के अवतरणों में अंतर

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज
('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=सूर्यदेव पाठक 'पराग' |संग्रह= }} {{KKCatBho...' के साथ नया पृष्ठ बनाया)
 
 
पंक्ति 2: पंक्ति 2:
 
{{KKRachna
 
{{KKRachna
 
|रचनाकार=सूर्यदेव पाठक 'पराग'
 
|रचनाकार=सूर्यदेव पाठक 'पराग'
|संग्रह=
+
|संग्रह=भँवर में नाव / सूर्यदेव पाठक 'पराग'
 
}}
 
}}
 
{{KKCatBhojpuriRachna}}
 
{{KKCatBhojpuriRachna}}

13:38, 30 मार्च 2015 के समय का अवतरण

चाँदनी के जोत चारो ओर बा
शारदी पूनम बड़ा चितचोर बा

जिन्दगी बा धूप-छाया के मिलन
रात दुख के बा, कबो सुख भोर बा

का दवा बा दर्द के मालूम ना
सब मिलल तबहूँ त आँखिन लोर बा

दे सकी माई के ममता, के इहाँ
बाप के दिल नारिकेल कठोर बा

जीव कठपुतरी बनल नाचत रहल
शक्ति कवनो, ले नचावत डोर बा

साधना के लालसा बा घट रहल
कामना सम्मान के पुरजोर बा