Last modified on 31 जनवरी 2014, at 10:49

छनो भर खातिर / लक्ष्मीकान्त मुकुल

उनुका लगे ना रहे कौनो टाट के मड़ई आ फूंस-मूंजन के खोंता

ऊ चिरई ना रहन भा कौनो फेंड़-रूख हरवाहीं से लौटत ऊ एगो मजूर रहन

भसभसा के गिरेला जइसे पुअरा के छान्हि धमका भइला से ओही तरी लूढ़ेरा गइल रहन ऊ पोखरा के पिंड़ी पर

ओह ! छनो भर खातिर ऊखी में के लुकाइल दनवा-दूत बन के देले रहीत आपन बनूक कुछऊ बन गइल रहितन ऊ आन्ही-बुनी भा खर-पतवार तनीको देरि खातिर बुला हो गइल रहीत मुँहलुकान </poem>