Last modified on 27 मार्च 2020, at 21:56

जब बाजे पायलिया / सुभाष चंद "रसिया"

सशुल्क योगदानकर्ता ५ (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 21:56, 27 मार्च 2020 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=सुभाष चंद "रसिया" |अनुवादक= |संग्रह...' के साथ नया पृष्ठ बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

जब बाजे पायलिया तोहार सजनी।
सप्त सरगम के पड़े फुहार सजनी॥

सात अजूबा में एक अंश प्यार बाटे।
खण्ड-खण्ड सप्त खंड धरती के बाटे।
नीले अम्बर में बिहसेला प्यार सजनी॥
जब बाजे पायलिया तोहार सजनी॥

पीपर पात अब सरस् मन डोले।
तोहरा देखि लोगवा बोली बोले।
हमरी बगिया में आईल बहार सजनी॥
जब बाजे पायलिया तोहार सजनी॥

पोरे-पोरे थिरके रुके नाही पाऊवा।
चाँद निकल अइले अचके में गऊवा।
बिना माँगे मिलल उपहार सजनी॥
जब बाजे पायलिया तोहार सजनी॥

सम्मुख भईला पर निकसे ना बतिया।
भाव में विभोर अब हो गइले "रसिया" ।
अब होला ना हमसे इन्तजार सजनी॥
जब बाजे पायलिया तोहार सजनी॥