भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

जर रहल बा गाँव, घर बा जर रहल / सूर्यदेव पाठक 'पराग'

Kavita Kosh से
सशुल्क योगदानकर्ता ३ (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 13:42, 30 मार्च 2015 का अवतरण

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

जर रहल बा गाँव, घर बा जर रहल
लोग बम-बारूद से बा मर रहल

शान से इन्सान अइँठत मोंछ बा
केहू अतियाचार से ना डर रहल

छोड-बड़ आ जाति के झगड़ा बढ़ल
आदमी के चैन बाटे हर रहल

हिल रहल विश्‍वास मन के पात अस
भूत भय के राह चलते धर रहल

आज कुछ आ काल्ह कुछ दोसर भइल
लोग वादा कर के बाटे टर रहल

फूल अब का खिल सकी मधुमास में
फेंड़ पर के पात तक बा झर रहल

का फसल के आस तू करबऽ ‘पराग’
केहू बोवल केहू बाटे चर रहल