भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

जुल्म के सामने चुप रहल / मनोज भावुक

Kavita Kosh से
Manojsinghbhawuk (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 14:32, 29 अक्टूबर 2010 का अवतरण (नया पृष्ठ: KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=मनोज भावुक }} Category:ग़ज़ल <poem> जुल्म के सामने चुप रह…)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

KKGlobal}}


जुल्म के सामने चुप रहल
ई त जियते-जियत बा मरल

साँच के साथ देवे बदे
खुद से अक्सर लड़े के पड़ल

पाँव में हमरा काँटा चुभल
दर्द उनका हिया में उठल

हमरे रोपल रहल जंग ई
हमरे कीमत भरे के पड़ल

भीखमंगा सड़क पर सुतल
जइसे बालू प मछरी पड़ल

जेके पत्थर में खोजत रहीं
ऊ त धड़कन में हमरा मिलल

अब त 'भावुक' हो तहरा बिना
दू कदम भी बा मुश्किल चलल