Last modified on 30 सितम्बर 2013, at 21:00

नजरिया के बतिया नजरिया से कहि द / दिनेश 'भ्रमर'

नजरिया के बतिया नजरिया से कहि द
ना चमके सोनहुला किरनिया से कहि द

नयन में सवनवाँ बनल बाटे पाहुन
सनेसवा जमुनिया बदरिया से कहि द

लिलारे चनरमा के टिकुली बा चमचम
लुका जाय कतहूँ अन्हरिया से कहि द

न आवेले सब दिन सुहागिन ई रतिया
तनी कोहनाइल उमिरिया से कहि द

नयन के पोखरिया भइल बाटे लबलब
ना छलके भरलकी गगरिया से कहि द