Last modified on 1 फ़रवरी 2011, at 18:12

पन्द्रह अगस्त सन् सैंतालिस के सुराज मिलल / रसूल

पन्द्रह अगस्त सन् सैंतालिस के सुराज मिलल ,
बड़ा कठिन से ताज मिलल ।

सुन ल हिन्दू-मुसलमान भाई,
अपना देशवा के कर ल भलाई
तोहरे हथवा में हिन्द माता के लाज मिलल ।
बड़ा कठिन से ताज मिलल ।

अपना देश से दुश्मन भागल,
हम भारतीय के भगिया जागल,
कहे रसूल गा-गा के, अब हमनी के राज मिलल ।
बड़ा कठिन से ताज मिलल ।