Last modified on 22 अप्रैल 2022, at 13:29

पपिहा के बोलिया जहर लागे / भोजपुरी

   ♦   रचनाकार: अज्ञात

कौने कारनवा सहर भागे-2
पिया पपिहा के बोलिया जहर लागे
कौने कारनवा सहर भागे-2

चमके बिजुरिया बरसे बदरिया
रहि रहि झकझोरेली पुरबी बयरिया-2
छोटकी पलंगिया जे टपटप चुयेले
सुनि सुनि सेजिया बजर लागे
पिया पपिहा के बोलिया जहर लागे