Last modified on 27 मार्च 2020, at 14:00

पिया के जुदाई / सुभाष चंद "रसिया"

सशुल्क योगदानकर्ता ५ (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 14:00, 27 मार्च 2020 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=सुभाष चंद "रसिया" |अनुवादक= |संग्रह...' के साथ नया पृष्ठ बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

पिया के जुदाई अब हमें ना सहाला।
लागेला सेजरिया जइसे चुभेला भाला॥

बिच्छूआ के डंक जइसे लागे पुरुवाई।
धधकता आग कइसे भीतरी बुझाई।
कोयल के बोली सुनके जिया घबराला॥
पिया के जुदाई अब हमें ना सहाला॥

कवन चूक कइली भाग गइली छोड़के।
विरही बनके गइली हमसे मुँह मोड़के।
एक-एक दिन हमके बरसो बुझाला॥
पिया के जुदाई अब हमें ना सहाला॥

सात फेरा घूम के हमके भूल गइल।
कवन कसूर बाटे कैसे तेज दिहल।
जियल मुहल भईल कुछ ना सहाला॥
पिया के जुदाई अब हमें ना सहाला॥

पाती लेके जईह कागा पियवा के देस में।
विरह के बतिया सुनाइह उनके सनेश में।
रसिया बलम जी कुछ ना बुझाला॥
पिया के जुदाई अब हमें ना सहाला।