Last modified on 11 अक्टूबर 2013, at 15:44

पिया मोरा गइलें रामा पूरबी बनिजिया / महेन्द्र मिश्र

Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 15:44, 11 अक्टूबर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=महेन्द्र मिश्र |अनुवादक= |संग्रह=...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

पिया मोरा गइलें रामा पूरबी बनिजिया से दे के गइलें ना।
एगो सुगना खेलवना रामा से दे के गइलें ना।
उड़ल-उड़ल सुगना गइलें कलकतवा कि जाई के बइठे ना।
ओही सामी जी के पगिया रामा से जाई के बइठे ना।
पगड़ी उतारी सामी जांघे बइठवलें से कहऽ सुगना ना।
मोरा धनी के कुसलिया से कहऽ सुगना ना।
माई कइली कूटनी बहिनिया कइली पीसनी कि जइया कइली ना।
तोहरो दउरी-दोकनिया से जइया कइली ना।
कहत महेन्दर पिया भइलऽ कलकतिया से भूलिए गइलेऽ ना।
आपना जइया के सुरतिया रामा भूलिए गइले ना।