Last modified on 1 अगस्त 2020, at 19:29

पूर्वी गीत नीयन रचल बाड़ू तू हमरा में / परिचय दास

भोर के बेला में तोहार इयाद आइल
बेर-बेर, कई बेर।

तूं स्मृतियन में रचल बाड़ू
पूर्वी गीत नियन
बनारस के ठुमरी नियन
केवड़ा के जल के फुहार नियन
तूं उपस्थित बाड़ू हमरा जीवन के संपूर्ण में
कठिन आ विचलन भरल दिन में।

चूल्हा के धीम आँच नीयन
निरी चमत्कृति आ ठंडी भावुकता से अलग
सौजन्य के आंतरिक रेखा बाड़ू हमरा खातिर।

दिन के ताज़गी नियन रमल रहेलू तूं हमरा में
कोनो साधु के सात्विक धूनी नियन
हमरा अंत: स्थल में
चित्रित हो गइल बाड़ू
कौनों कोहबर नियन।