भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

पूस / रामनाथ पाठक 'प्रणयी'

Kavita Kosh से
Lalit Kumar (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 08:52, 25 अगस्त 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=रामनाथ पाठक 'प्रणयी' |अनुवादक= |संग...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

आइल पूस महीना, अगहन लवटि गइल मुसुकात
थर-थर काँपत हाथपैर जाड़ा-पाला के पहरा
निकल चलल घर से बनिहारिन ले हँसुआ भिनसहरा
धरत धान के थान अँगुरिया ठिठुरि-ठिठुरि बल खात
आइल पूस महीना, अगहन लवटि गइल मुसुकात
ढोवत बोझा हिलत बाल के बाज रहल पैजनियाँ
खेतन के लछिमी खेतन से उठि चलली खरिहनियाँ
पड़ल पथारी पर लुगरी में लरिका वा छेरियात
आइल पूस महीना, अगहन लवटि गइल मुसुकात
राह-बाट में निहुरि-निहुरि नित करे गरीबिन बिनियाँ
हाय! पेट के आग चुरा ले भागल सुख के निनियाँ
पलक गिरत उडि़यात फूस दिन हिम-पहाड़ बड़ रात
आइल पूस महीना, अगहन लवटि गइल मुसुकात
लहस उठल जब गहुम-बूँट रे, लहसल मटर-मसुरिया
बाज रहल तीसी-तोरी पर छवि के मीठ बँसुरिया
पहिरि खेसारी के सारी साँवर गोरिया अँठिलात
आइल पूस महीना, अगहन लवटि गइल मुसुकात