Last modified on 27 मार्च 2020, at 21:55

प्रेम नगरिया बसा दिहल / सुभाष चंद "रसिया"

सशुल्क योगदानकर्ता ५ (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 21:55, 27 मार्च 2020 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=सुभाष चंद "रसिया" |अनुवादक= |संग्रह...' के साथ नया पृष्ठ बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

बिधना प्रेम नगरिया बसा दिहल।
अब नेहिया से नेहिया मिला दिहल॥

बुलबुल गावे मोरनी नाचे दादुर ताल बजावे।
सात सुरो के सरगम से कोयल राग सुनाये।
नीले-नीले अम्बर से मोती के बरसा दिहल॥
बिधना प्रेम नगरिया बसा दिहल॥

हरियाली वन वैभव में गमके केसर क्यारी।
जन-जन में सद्भभाव भरल, लागे दुनिया न्यारी।
नेह निमंत्रण देके हमके "रसिया" जी भरमा दिहल॥
बिधना प्रेम नगरिया बसा दिहल॥