भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

फूल तूड़े गइनीं राम राजा जी के बगिया / महेन्द्र मिश्र

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

 फूल तूड़े गइनीं राम राजा जी के बगिया
बनवारी हो मिली गइलें राजा के कुमार।
साँवली सुरतिया रामा मोहनी मुरतिया
बनवारी हो लागि गइलें नैना के कटार।
एक डर लागे मोहे सास ननद के
बनवारी हो सइयाँ मारी मूंगरी के मार।
तोहरी पिरीतिया रामा जिया से ना भूले
बनवारी हो चाहे जिउआ रहे चाहे जाय।
कहत महेन्दर मोरा जिया के लोभवलें बनवारी हो,
हंसी करे गँउआ जवार।