Last modified on 10 सितम्बर 2013, at 17:50

बतिया बनावे में बस नाम कइले बा / बरमेश्वर सिंह

बतिया बनावे में बस नाम कइले बा,
सेवा करे आइल, अब हरान कइले बा।
जेही बगइचवा ला पुरखा पेराइल रहन,
नोचि-चोंथि ओकरे हेवान कइले बा।
जिनगी छछनि गइल तनी सुसतइतीं,
साँसत में हरदम परान कइले बा।
धप्-धप् मरे के विधान कइले बा।
अइसन अनेत दादा देखनी ना कतहूँ,
मंगनी में सियरा गुमान कइले बा।
अबहूँ से ताकऽ भइया खोलि के पपनियाँ,
तोहरे मड़इया में दोकान कइले बा।