Last modified on 6 सितम्बर 2013, at 16:56

बरगद के छाँह तले / रिपुंजय निशान्त

Lalit Kumar (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 16:56, 6 सितम्बर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=रिपुंजय निशान्त |अनुवादक= |संग्रह...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

बरगद के छाँह तले
टोली चर वाहिन के
लइका से हो गइल सियान।
बचपन के दिन अबोध
हो गइल कहानी
पकुहा जइसन टपकल
अचके जवानी
दउरा में डेग धरत
चुनरी अहिवा तिन के
छनहीं में हो गइल पुरान।
अँजुरी भर सपना के
कोंढ़ी मरुआइल
लिलरा पर चिन्ता के
रेखा उग आइल
अँइठेला अगियाइल
अँतड़ी बनिहारिन के
गतर-गतर हो गइल गतान।
रोजे रोजा खाले
साँझ में मड़इया
फगुआ ना ईद कबो
आवे अंगनइया
तंगी के तीर से
घवाहिल दुखियारिन के
तन-मन बा हो गइल झँवान।