Last modified on 21 सितम्बर 2016, at 09:04

बिछिया तऽ दिहलें बाबू / दीपक शर्मा 'दीप'

बिछिया तऽ दिहलें बाबू कँगना तऽ दिहलीं माई
बिछिया तऽ दिहलें बाबू कँगना तऽ दिहलीं माई
छोड़ि लिहलें हमसे अँगनवा हो
मोरऽ माटी के अँगनवा I
बिछिया तऽ दिहलें बाबू कँगना तऽ दिहलीं माई...

सखिया-सहेलिया निबिया
पुतरी-मटकऊती बिबिया
गोड़वा रँगावे वाली,
छोटी-सी बचही-डिबिया
कहँवा पठयिलें मोर चयनवाँ हो
हो रामा होत बिहनवाँ I
बिछिया तऽ दिहलें बाबू कँगना तऽ दिहलीं माई...

दऊऽड़त रहलिं दुपहर
अमवा बगिचवन में हो
खेलऽत रहलिं दिनभर
छोटका लरिकवन में हो
काट खईलें मोर बचपनवा हो
हो रामा घर के सयनवाँ I
बिछिया तऽ दिहलें बाबू कँगना तऽ दिहलीं माई...

बिछिया तऽ दिहलें बाबू कँगना तऽ दिहलीं माई
छोड़ि लिहलें हमसे अँगनवा हो
मोरऽ माटी के अँगनवा I
बिछिया तऽ दिहलें बाबू कँगना तऽ दिहलीं माई...