भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

बिनु गीत के / अविनाश चन्द्र विद्यार्थी

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

कुँहुँकत बा जहान बिनु गीत के
डहकत बा परान बिनु मीत के
हरिअरिया बे-फुहार के झुरात बा
फुलवरिया ई बहार में धुँवाँत बा
धन्हकत बाटे आँचि अनरीत के
बा लहरिया, ना नजरिया में हुलास बा
लहवरिया में नगरिया ई उदास बा
चहकत बा बिचार हार-जीत के
मोहेला अल्हड़ करेज तनिक छोह से
सोहे ना बचनियाँ मुँह में मन का द्रोह से
सहकत बा सिंगार बे-पिरीत से
झलकी रूप-रंग असली नवका भोर में
तनिका नेहिया लगवले जा अँजोर में
लहकत बाटे जियरा दियरा हीत के
डहकत बा परान बिना मीत के