Last modified on 30 मार्च 2015, at 13:40

भँवर के बीच आपन नाव खेवत जा रहल बानी / सूर्यदेव पाठक 'पराग'

भँवर के बीच आपन नाव खेवत जा रहल बानी
बताईं का कि कतना लहर के झोंका सहल बानी

बहुत खुशकिस्मती से लोग लग जाले किनारे से
जहाँ जइसन मिलल धारा तहाँ तइसे बहल बानी

महल के सामने माटी के घर कमजोर अइसन हम
कबो चूअत, कबो सीड़त-बनत, अबले ढहल बानी

पहुँचले लोग कतने अपना मंजिल तक चलल अबले
समय के साथ भर दम रात-दिन हमहूँ चलल बानी

कहाँ ले हम कहीं अपना भलाई आ बुराई के
विधाता के लिखल कागज के एगो हम नकल बानी