Last modified on 23 जनवरी 2017, at 16:02

भोजपुरिया / हर्षनाथ पाण्डेय

चिन्हियां बा कान्हि पऽ कुदरिया
तs भारत के परान भोजपुरिया
होतहीं फजिरवा सिवानवां प लऊके
अनवां से भरल बधरिया बा छऊके
हाथवा में ललकी लउरिया
तs भारत के जान भोजपुरिया
चिन्हियां बा...
अंगे‐ अंगे बडूए उफान के समानवां
छतिया छरके जइसे नागवा क फनवां
सीमवां प लेलेबा बनूकिया
तs भारत के शान भोजपुरिया
चिन्हियां बा...
माथवा पगरिया साबुज रंग देहियां
रगे‐रगे बसल धरतिया के नेहिया
चलिया बा उफने जवनियां
तs भारत के आन भोजपुरिया
चिन्हियां बा...
चनवां नहाएला चननियां इंजोरिया
संगवा में बाडी हो सेजरिया कऽ गोरिया
अंखिया बा पाजल कटरिया
तs सिंहवा समान भोजपुरिया
चिन्हियां बा कान्हि पऽ कुदरिया
तs भारत के परान भोजपुरिया