Last modified on 10 सितम्बर 2013, at 16:54

रउरा से जोड़नी नेह से कइसे भुलाईं हम / विन्ध्याचल प्रसाद श्रीवास्तव

Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 16:54, 10 सितम्बर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=विन्ध्याचल प्रसाद श्रीवास्तव }} {{K...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

रउरा से जोड़नी नेह से कइसे भुलाईं हम,
अपना के कठकरेज अब कइसे बनाईं हम।
रउरे जरउती जोत एह निहछल पिरीत के,
एकरा के अपने हाथ से कइसे बुताईं हम।
रउरे दरद जगउनी हिया में लगाव के,
ओकरा के बन के बेदरद कइसे भुलाईं हम।
अँखिया फिरउनी तब तनिक लागल दरेग ना,
अँखिया भइल ई लोर अब कइसे छिपाईं हम।
रउरे उतार देनी सब जिनगी के चढ़ल तार,
एकरा प कौनो राग अब कइसे बजाईं हम।
लहकत बा एगो आग जे रह-रह करेज में,
कतना हिया जुड़ात बा कइसे बताईं हम।