भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

राह बाटे कठिन, मगर बाटे / मनोज भावुक

Kavita Kosh से
Manojsinghbhawuk (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 14:25, 29 अक्टूबर 2010 का अवतरण (नया पृष्ठ: KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=मनोज भावुक }} Category:ग़ज़ल <poem> राह बाटे कठिन, मगर बाट…)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

KKGlobal}}


राह बाटे कठिन, मगर बाटे
चाहे बाटे अगर , डगर बाटे

होखे खपरैल भा महल होखे
नेह बाटे तबे ऊ घर बाटे

तींत भा मीठ जे मिलल हक में
ऊ त भोगे के उम्र भर बाटे

साँच पूछीं त हमरा गीतन पर
आज ले, राउरे असर बाटे

आँख नइखे ई चार हो पावत
लाख 'भावुक' मिलत नजर बाटे