भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

"लगातार पल-पल समय चल रहल बा / सूर्यदेव पाठक 'पराग'" के अवतरणों में अंतर

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज
('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=सूर्यदेव पाठक 'पराग' |संग्रह= }} {{KKCatBho...' के साथ नया पृष्ठ बनाया)
 
 
पंक्ति 2: पंक्ति 2:
 
{{KKRachna
 
{{KKRachna
 
|रचनाकार=सूर्यदेव पाठक 'पराग'
 
|रचनाकार=सूर्यदेव पाठक 'पराग'
|संग्रह=
+
|संग्रह=भँवर में नाव / सूर्यदेव पाठक 'पराग'
 
}}
 
}}
 
{{KKCatBhojpuriRachna}}
 
{{KKCatBhojpuriRachna}}

13:42, 30 मार्च 2015 के समय का अवतरण

लगातार पल-पल समय चल रहल बा
रूक रह के घोड़ा ई, मुसकिल कहल बा

इहाँ कोई अहथिर ना धरती पर आके
समय सबके साथे करत छल रहल बा

ई तन मोम जइसन बनावल गइल बा
जरत बाती जइसन गिरत गल रहल बा

नियति के नियम से बन्हल बा जगत ई
सूरूज आसमाँ में उगल, ढल रहल बा

पता ना कहाँ साँस कब रोक जाई
तमन्ना हृदय में तबो पल रहल बा

भइल द्वेष-ईर्ष्या से मन सबके पागल
अहंकार से तन-बदन जल रहल बा

सभे शक्ति के होड़ में हड़बड़ाइल
महानाश के ई घड़ी टल रहल बा