भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

"व्यवहार आदमी के कतना बदल रहल बा / सूर्यदेव पाठक 'पराग'" के अवतरणों में अंतर

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज
('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=सूर्यदेव पाठक 'पराग' |संग्रह= }} {{KKCatBho...' के साथ नया पृष्ठ बनाया)
 
 
पंक्ति 2: पंक्ति 2:
 
{{KKRachna
 
{{KKRachna
 
|रचनाकार=सूर्यदेव पाठक 'पराग'
 
|रचनाकार=सूर्यदेव पाठक 'पराग'
|संग्रह=
+
|संग्रह=भँवर में नाव / सूर्यदेव पाठक 'पराग'
 
}}
 
}}
 
{{KKCatBhojpuriRachna}}
 
{{KKCatBhojpuriRachna}}

13:39, 30 मार्च 2015 के समय का अवतरण

व्यवहार आदमी के कतना बदल रहल बा
सब लोग मन के मालिक, सब लोग बेकहल बा

मरजाद बान्ह टूटल, सब नेह-नात छूटल
भगवान अब बँचावस, कइसन हवा बहल बा

मेटल गइल गरीबे, मेटल कहाँ गरीबी
चीत्कार झोपड़ी के सुन हँस रहल महल बा

घर में अनाज नइखे, कहवाँ मिली जलावन
चूअत पलानी सड़ के खर के बिना गिरल बा

कमजोर के लुगाई भउजाई गाँव भर के
बहुते विचार कर के, तब बात ई कहल बा

गाँवन का सादगी के चर्चा बहुत रहल हऽ
बाँचल कहाँ जहाँ अब नाहीं प्रपंच-छल बा