भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

"समय फिरल कि अब वसंत आ गइल / सूर्यदेव पाठक 'पराग'" के अवतरणों में अंतर

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज
('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=सूर्यदेव पाठक 'पराग' |संग्रह= }} {{KKCatBho...' के साथ नया पृष्ठ बनाया)
 
 
पंक्ति 2: पंक्ति 2:
 
{{KKRachna
 
{{KKRachna
 
|रचनाकार=सूर्यदेव पाठक 'पराग'
 
|रचनाकार=सूर्यदेव पाठक 'पराग'
|संग्रह=
+
|संग्रह=भँवर में नाव / सूर्यदेव पाठक 'पराग'
 
}}
 
}}
 
{{KKCatBhojpuriRachna}}
 
{{KKCatBhojpuriRachna}}

13:42, 30 मार्च 2015 के समय का अवतरण

समय फिरल कि अब वसंत आ गइल
कली-कली चमन के खिलखिला गइल

भरत सुगन्ध मन्द बह चलल पवन
उमंग के तरंग दिल बहा गइल

जिया हुलस गइल मिलन के याद में
कोइल कहीं से प्रीत-गीत गा गइल

नयन के ताल में लहर उठल बहुत
कबो बा दिल के चोर आ नहा गइल

अजीब मीठ दर्द देह में उठल
सुई जिगर में बा केहू चुभा गइल

कबो लुका के झाँक नील में गइल
घटा नियर केहू हिया में छा गइल