Last modified on 21 अप्रैल 2018, at 11:10

सीरत के बतिया / जयशंकर प्रसाद द्विवेदी

Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 11:10, 21 अप्रैल 2018 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=जयशंकर प्रसाद द्विवेदी |अनुवादक=...' के साथ नया पृष्ठ बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

सूरत ना हमरी निहारी ए राजा॥
सीरत के बतिया बिचारीं ए राजा॥

ढलती उमिरिया में चिचुकल चेहरवा
अचके भुलाइल गावल कहरवा
केतना ई देहिया निखारी ए राजा॥ सीरत के बतिया...

कसक न मनवा ठसक नाही चलिया
कनवाँ में करकत सरकेले बलिया
बीतल जवन मत उचारीं ए राजा॥ सीरत के बतिया...

गरदिश में नीकसल बाली उमिरिया
भइल मोहाल मोर तिरछी नजरिया
हियवा के टीस मत उभारीं ए राजा॥ सीरत के बतिया...

कहवाँ बचल अब पतरी कमरिया
घेरले जाता रोजे नवकी बीमरिया
पहिलकी पिरितिया सभारीं ए राजा॥ सीरत के बतिया...