Last modified on 17 मार्च 2019, at 20:46

सूते पिया खरिहनवाँ हो, फागुन के महीनवा / भोजपुरी होली गीत

   ♦   रचनाकार: अज्ञात

सूते पिया खरिहनवाँ हो, फागुन के महीनवा ।।टेक ।।

कुकुर के नीन, भइल तन छीन ,
मोती भइल बाटे दनवाँ हो,फागुन के महीनवा।। टेक ।।

अइसे पिआसल पिया मन हुलासल,
गंगा बनल मोर नयनवा हो, फागुन के महीनवा ।।टेक ।।

बन के कोइलिया , बोले मीठ बोलिया,
हमके बुझाला सपनवा हो, फागुन के महीनवा ।।टेक ।।

कर्मेन्दु शिशिर के संग्रह से