Last modified on 20 मई 2015, at 17:13

सूरदास / मोती बी.ए.

ए सूरदास
खीरि खाइल जाई
ई कस होत?
सफेद होत
सफेद कस होत?
बगुला अस (उज्जर)
बगुला कस होत?
(बगुला एइसन हाथ टैढ़ क के बतवला पर)
अस हो अस
(सूरदास पूरा टो-टा क कहत बाड़ें)
नाहीं खाइबि
ई पेट फारि देई।