भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

हिस्सा / नीतीश्वर शर्मा 'नीरज'

Kavita Kosh से
Lalit Kumar (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 09:25, 7 सितम्बर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=नीतीश्वर शर्मा 'नीरज' |अनुवादक= |सं...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

जबसे पाँव पड़ल धरती पर
माथ अन्हरिया करिया छावे।
मँझधार में जीवन बीतल
दुखवे ई जीये सिखलइलस,
सुख के तीरे खाड़ भइल बस
हमरा किस्मत पर मुसुकइलस,
सहज सनेहो तींते लागे
हमके जग एतुना भरमावे।
बाहर से बस भींजल बानी
अन्तर घट रह गइल पियासल,
हाय दइब, ई भाग बा कइसन
इचिको केहू नाहीं दुलारल।
पोंछ सके मावत के स्याही
ढिबरी नाहीं केहु जरावे।
के केतना नीमन लागन लागल हऽ
के केतना हमरा के चाहल
अब त खाली ईहे देखीं
केतना के के साथ निबाहल,
अइसन उजड़ल बाग डाढ़ि में
कवनो फूल खिले ना पावे।