भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए
ई त दिअना ह जिनगी के जरबे करी / धीरेन्द्र बहादुर 'चाँद'
Kavita Kosh से
Mani Gupta (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 19:41, 30 सितम्बर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=धीरेन्द्र बहादुर 'चाँद' |अनुवादक= |...' के साथ नया पन्ना बनाया)
ई त दिअना ह जिनगी के जरबे करी
कहियो मन के भरमवा त मेटबे करी
अब गन्हाइल ई पोखर बदले के बा
बा जे मछरी सड़लकी ऊ डहबे करी
हकवा हड़पे के आदत में जे बा पड़ल
लोगवा बहियाँ मरोड़ि हकवा लिहबे करी
बनि के अभिमन्यु व्यूहवा के तूड़े के बा
जिनगी के हर पहेली सुलझबे करी
नक्शा हालात के अब मेटावे के बा,
मोह टूटी त हर घात घटबे करी
जब अन्हरिया दरद बनि के टीसे लागी
भेद के हर मुखौटा खुलबे करी