भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

करे के ना चाहीं / विश्वनाथ प्रसाद शैदा

Kavita Kosh से
Mani Gupta (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 15:00, 29 सितम्बर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=विश्वनाथ प्रसाद शैदा |अनुवादक= |स...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

खुशामद केहू के करे के ना चाहीं
कहीं बात वाजिब डरे के ना चाहीं।

जवन बात सपनो में दे दीं केहू के
त बजरो के परले टरे के ना चाहीं।

रखीं जे अमानत केहू के ऐ ‘शैदा’,
त ताखा दियानत धरे के ना चाहीं।

पसेना के अपना कमाई उड़ाईं,
मगर खेत अनकर चरे के ना चाहीं।

कोई ताल ठोके त ठोकीं, हटीं मत,
मगर धुर में जेवरि बरे के ना चाहीं।

बने के ना चाहीं बेपेनी के लोटा,
कोई काम खोंटा करे के ना चाहीं।

झुलत सुख के झुलुहा प देखी केहू के,
बिना आगि-काठि जरे के ना चाहीं।

बनीं जे खेवइया त मझँधार में फिर,
बुड़ा सभ के अपने तरे के ना चाहीं।

जियल सान से मोल ह जिन्दगी के,
कुकुर अस जिए आ मरे के ना चाहीं।