भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

गीत कहाँ आवत बा कवना / स्वर्णकिरण

Kavita Kosh से
Lalit Kumar (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 14:22, 31 अगस्त 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=स्वर्णकिरण |अनुवादक= |संग्रह= }} {{KKCatB...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

बदल गइल बा दृश्य
कहाँ घंटा बाजत बा
लोग-बाग के बीच
सामने के मन्दिर में।
कवन निछत्तर
झासमान से टूटल हा
जे धरती थर-थर काँपत बडुए
बहुत देर से।
पंछी के उड़ान
भा कवनो जादू
अंजन लगा रहल बा
लोग-बाग के आँखिन में।
पर गीत कहाँ
आवत बा कवनो
होठन के ऊपर
जे तनिको राहत
मालूम पड़े
इहाँ भा उहाँ।