भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

जिनगी: एगो परछाईं / संजय कुमार मिश्र 'बब्लू'

Kavita Kosh से
Lalit Kumar (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 09:35, 7 सितम्बर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=संजय कुमार मिश्र 'बब्लू' |अनुवादक= ...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

जिनगी एगो सपना बा
जे सजेला
आउर सजावल जाला।
जिनगी एगो आसमान बा
जे अपना पीछे धउरे पर
मजबूर करेला।
जिनगी एगो भावुक मन
के नाम बा
जे जीये के नया तरीका
बतावेला।
-ई सब झूठ बा
साँच अतने बा कि जिनगी
एगो परछाईं बा
जे उमिर का साथे चली,
लेकिन-
पकड़ में कहियो ना आई।