भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

तय बा कि हमनी देखब जा / कुमार मुकुल

Kavita Kosh से
Kumar mukul (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 11:31, 7 जनवरी 2020 का अवतरण

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

(फैज अहमद फैज की नज्‍म हम देखेंगे का भोजपुरी अनुवाद )

देखब जा
तय बा कि हमनी देखब जा
उ दिन कि जेकर बादा बा
जे के बिधना के बांचल बा
इ जोर-जुलुम के परबत सब
रूइआ जइसन उड़ जइहें स
जब हम दुखियन के पैर तरे
खूबे जब्‍बर भुईंडोल उठी
आउ मलिकन के माथा पर
जब बिजुरी के कड़-कड़ शोर उठी
जब सजल धजल दरबारन से
सब चापलूस भगावल जइहें स
आउर सब मसनद-गद्दा पर 
गरीब-गुरबा बइठावल जइहें स
सब ताज उठावल जइहें स
सब तखत गिरावल जइहें स

बस उपरवाला के नाम रही
जे हाजिर बा आउर गायबो बा
जे देखेला आउर देखावेला
फेर बाजी बरहम के डंका
जे तूं बाड़अ आउर हमहूं हईं
आउर राज होई सब लोगन के
जे तूं बाड़अ आउर हमहूं हई।