भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

नया गीत गावे द / हरेश्वर राय

Kavita Kosh से
Sharda suman (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 14:25, 12 मार्च 2019 का अवतरण

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

खोल द केवाड़ी आ तेज हवा आवे द
कोना के सीलन के गरदा उड़ावे द I

साँस लिहल मुसकिल बा घुटता दम
फोरे द देवाल एगो खिड़की बनावे द I

आज रतिया सियाही से बिया नेहाइल
दीया के टेम्ही से खोठी हटावे द I

चारु देने फइलल बा चुप्पी के जंगल
चुप्पी के जंगल प ढेला चलावे द I

बंदी जुबान के रिहाई जरूरी बा
जाए द बहरी आ नया गीत गावे द I